Site icon Youth Ki Awaaz

आज के नेता

एह दुनिया के रीती भइल बढ़ खराब बा
केकरा पर करे भरोसा मानव भइल बेहाल बा
जे रक्षक रहे उहे बनल बा भक्षक
जनता के खून चूस के भइल बा दक्षक
साच बतिया जे कहेला उ त बागी बन जाला
इनका विरोध जे आवाज उठावे उ त देशद्रोही कहल जाला
कही पर दंगा त कही प रेप जइसन होत बा जघन्य अपराध
मौंन बा शासन -प्रसाशन मंत्रीगण कर रहल बाड़े अल्पाहार
बड़का -बड़का ढ़ींग हाके मंच पाके जनता के बीच
कर्म से त इ सब बाढ़े दुनिया के सबसे बड़ा नीच
आपन फायदा ला इ त कबहु जात -पात बेच देले
आपन मकसद ला इ त अपनों के भी बलि दे देले
कहे मोहित सभी नौजवानन से अबकी इहे बा पुकार हो
धर्म के आड़ में मत कर भईया कवनो दंगा बहार हो

Exit mobile version